प्रहरी निरिक्षक तमाङ्ग के बिरुद्ध कारवाही के मांग करत सम्रौनगढ मे प्रदर्शन

प्रभु यादव
बारा २७ सावन
बारा के सिम्रौनगढ इलाका प्रहरी कार्यालय के प्रहरी निरिक्षक सुरेन्द्र तमाङ्ग उपर कारवाही के मांग करत नेकपा के सिम्रौनगढ नगर कमिटि के नेतृत्व मे सिम्रौनगढ मे आजु नारा जुलुस तथा इलाका प्रहरी कार्यालय के मुलगेट घेराव करके नाराबाजी कईल बा ।
प्रहरी निरिक्षक तमाङ्ग आईल समय से तस्करी बढल तथा किसान आपन खेती के खातिर लियावेवाला मल खाद पकडेके, बजार मे चोरी भईला पर भी चोर पकडे मे आलटाल करेके, कुछ आदमी आ तस्कर के इसारा मे काम करेके जईसन आरोप लगावत नेकपा बिरोध के कार्जक्रम कईले बाडन ।
कंकाली मन्दिर के प्राङ्गण से पाँच सय से बेसी कार्यकर्ता तथा स्थानियलोग के सहभागिता मे निकलल जुलुस मे प्रहरी निरिक्षक तमाङ्ग चोर कुर्सी छोड कहके नारा लगाावत सिम्रौनगढ बजार परिक्रमा करत इप्रका के मुल गेट मे नारा बाजी कईले रहलन ।
नाराबाजी के बाद उ जुलुस इ.प्र.का.के मुलगेट मे नेकपा बारा के जिल्ला सदसय श्याम किशोर यादव के अध्यक्षता मे कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।
उ सभा मे भोजेन्द्र यादव, शेख मोतिम, बतहु यादव, राजेश कुशवाहा, तारा चन्द्र साह, गगनदेव कुवाहा, महेन्द्र जयसवाल, देवसरण साह लगायत के जिल्ला सदस्यलोग प्र.नि.तमाङ्ग के करतुत के बारे मे आलोचना करत कारवाही के माग कईले बाडन ।
उ सभा के सम्बोधन करत नेकपा के केन्द्रिय सदस्य तथा जिल्ला सह इन्र्चाज डा. गोपाल ठाकुर तमाङ्ग जईसन भ्रष्ट प्रहरी निरिक्षक के चलते सिम्रौनगढ बदनाम हो रहल तथा पुलीस संगठन भी बदनाम हो रहला से एकरा उपर हमनी के गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल बतवनी ।
अईसन निरिक्षक के तत्काल कार्यवाही ना भईला पर दोसर चरण के आन्दोलन करेमे बाध्य होखेके प्रमुख अथिति डा. ठाकुर बतवले बानी ।






