कोरोना आशंका मे एनएमसी कलेज ईलाज मे लापरवाही कईला पर वीरगंज मे एगो लईका के मृत्यु

वीरगंज २७ सावन

वीरगंज मे कोरोना संक्रमण के आशंका मे ईलाज मे लापरवाही कईला पर एगो लईका के मृत्यु भईल बा ।

पेटझरी, बोखार आ उल्टी आवेके समस्या देखल गईल बारा के बारागढी गाँवपालिका वार्ड नं. २ के ९ बरीस के सुशीलकुमार साह के मृत्यु भईल बा ।

एतवार के रात वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेजम लेगईला पर भर्ना लेवेके ना मानल, ओकरा बाद उनका के वीरगंज के अनेकन अस्पताल घुमावत नारायणी अस्पताल लेगईल गईल ।

नारायणी चेकजाँच के बाद लईका के अवस्था गम्भीर रहला से आउर ईलाज के खातिर सुविधा सम्पन्न अस्पताल लेजाए खातिर सल्लाह देहल गईल ।

पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त के समस्या के बारे मे जानकारी करईला के बाद उ नेशनल मेडिकल कलेज मे भर्ना करे खातिर पहल कइनी ।

एसपी के निहोरा के बाद नेशनल सोमार के सबेरे ९ बजे भर्ना कईलख । मेडिकल कलेज सोमार के सबेरे ९ बजे के समय मे भर्ना लेहलख । माकिर उनकर मंगर के दिने मृत्यु भईल ।

पुलीस के दवाव के बाद नेशनल मेडिकल कलेज भर्ना लेहला पर भी बढिया से ईलाज ना कईल मृतक के आफन्त उपेन्द्र साह बतवनी ।

मरेजी के आईसीयु मे राखेके पडि कहके चिकित्सक कहले रहलन । माकिर नेशनल मे पीसीआर रिपोर्ट ना आवे तक अपने के मरेजी के कउनो भी डाक्टर ना छुईहन ।

कहके अक्सिजन लगाके कोना मे राख देहल गईल ओकरा बाद केहु देखे तक ना अईलन’ कहत उ ‘बढिया से ईलाज भईल रहित त लईका बँचतन कहके लागता ।’

लईका के मृत्यु भइला के बाद उनकर नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ आईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।