नेता विकास तिवारी के छोडे खातिर नेविसंघ कईलख माग

वीरगंज २९ सावन

बुध के रात पकडाईल नेपाल विद्यार्थी संघ पर्सा के नेता विकास तिवारी के छोडे खातिर उनकर संगठन माग कईले बा ।

वीरगंज मे आजु पत्रकार सम्मेलन करके नेविसंघ तिवारी के अनाहक मे पकडके पुलीस दुख देहल बतवले बा ।
प्रहरीको ज्यादती धेरै दिन सहेर बस्ने पक्षमा हामी छैनौं ।’

‘उसकर कउनो दोष बा त प्रमाणित करके देखावेके पडि, ना त अनाहक मे बेर बेर पकडके दुःख देवेके अधिकार पुलीस के देहले बा ?’ नेविसंघ के पूर्व जिल्ला अध्यक्ष राकेश यादव ‘बर्दी के आड मे पुलीस के ज्यादती बहुते दिन सहके रहेके पक्ष मे हमनी नइखी ।’

सावन २६ गते जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा अगाडि प्रदर्शन के समय मे नेविसंघ के तिवारी, शेष हजारा आ मनोज साह पकडाईल रहलन ।

उलोग के उहे दिन रात साढे ११ बजे नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सचिव श्याम पटेल के जिम्मा मे छोडल रहे ।

माकिर पुलीस फेनु तिवारी के सावन २८ गते घर से अपहरण शैली मे गिरफ्तार कईल दावी तिवारी पक्ष के आरोप बा ।

बेर बेर गिरफ्तार करके दुःख देहल, केहु के भेट करे ना देहल, अभी साइबर क्राइम त कभो सामाजिक शान्ति व्यवस्था भंग कईल कहके आरोप लगावल सिकाईत उलोग के बा ।

ईलाज ना मिलके अनाहक मे ६ जने से मृत्युवरण कईल अवस्था मे ओईसन अस्पताल के कारबाही करेके आ स्वास्थ्य सेवा मे सुधार करेके माग राखके सडक आन्दोलन कईला पर पकडल नेविसंघ के आरोप बा ।

तिवारी के रिहा ना कईला पर आन्दोलन करेके उनकर समर्थकलोग चेतावनी देहले बाडन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर सामाजिक संजाल फेसबुक मे विषम परिस्थिति मे अफवाह फईलावे के किसिम के सन्देश पोष्ट कईला से पकडल गईल जानकारी देहनी ।

नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्टसहित चिकित्सक राजिनामा देहल समाचार सार्वजनिक भईला के बाद उ पोस्ट मे मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट सहित के चिकित्सक उपर आपत्तिजनक टिप्पणी कईल आ आउर के उक्सावे के काम कईल पुलीस के कहनाम बा ।
‘ओहिसे पकडके सार्वजनिक शान्ति विरुद्ध के कसुर मे अनुसन्धान करे खातिर म्याद थप के खातिर अदालत पठावल गईल बा’ डीएसपी कुँवर कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।