ठोरी मे करेन्ट लाग के एक जने के मृत्यु
जिराभवानी ३० सावन
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे करेन्ट लाग के आजु एक जने के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे ठोरी गाँवपालिका–१ सरस्वतीनगर के ४० बरीस के दुर्गाबहादुर मोक्तान रहल बाडन ।
घर लगे रहल ससुराली मे १३ वाँ दिन के मृत्यु संस्कार चल रहल समय मे जडान कईल बिजुली के तार से अचानक करेन्ट लागला पर उ गम्भीर घायल भईल रहलन ।
घायल मोक्तान के ईलाज के खातिर ठोरी गाँवपालिका–२ स्थित स्वास्थ्य चौकी पुगवले रहे । माकिर स्वास्थ्य चौकी उनका के मृत घोषणा कईल मृतक के आफन्त बतवले बाडन ।






