महावाणिज्य दूतावास वीरगंज मे ७४ वाँ स्वतन्त्रता दिवस मनावल गईल

वीरगंज ३१ सावन
भारतीय महावाणिज्य दूतावास वीरगंज भारत के स्वतन्त्रता दिवस मनवले बा ।
भारत के ७४ वाँ स्वतन्त्रता दिवस के अवसर मे आजु भारतीय महावाणिज्य दूतावास वीरगंज आपन कार्यालय मे एक कार्जक्रम के आयोजना करके स्वतन्त्रता दिवस मनवले बा ।
कोनोना भाइरस संक्रमण के मध्यनजर करत भारत के महावाणिज्य दूतावास वीरगंज द्वारा सामान्य औपचारिक कार्जक्रम कइले रहे ।
विश्वभर फईलल महामारी कोभिड–१९ के चलते भिडभाड ना करके आयोजना कईल कार्जक्रम मे महावाणिज्य दूतावास के कर्मचारी मात्र सहभागी रहलन ।
दूतावास परिसर भितर आयोजना कईल कार्जक्रम मे महावाणिज्य दूतावास के सभी अधिकारी आ कर्मचारी के मात्र सहभागीता रहल रहे ।
उप–महावाणिज्यदूत रमेशप्रसाद चर्तुवेदी से स्वागत मन्तव्य राखल कार्जक्रम मे महावाणिज्यदूत नितेश कुमार भारत के ध्वाजारोहण कईले रहनी ।
महावाणिज्यदूत भारत के राष्ट्रपति से राष्ट्र के नाम मे देहल सन्देश वाचन कईले रहनी ।
वितल बरीससब मे स्वतन्त्रता दिवस धुमधाम के साथ मनावल जात रहे ।
वीरगंज मे कोरोना भाइरस समुदाय स्तर मे फईलला के बाद रोकथाम करे खातिर अनिश्चितकाल के खातिर स्थानिय प्रशासन निषेधाज्ञा जारी कईले बा ।
दूतावास आपन कार्जक्रम के प्रत्यक्ष प्रसारण फेसबुक पेज मार्फत कईले रहे ।






