पर्सा मे कोरोना संक्रमण से आउर एक जने के मृत्यु

वीरगंज ३१ सावन,
पर्सा मे कोरोना संक्रमण से आउर एक जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका के मुर्ली रहेवाला ६० बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
उनकर सावन ३० गते शुक के सँझिया ७ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्थायी कोभिड अस्पताल गण्डक जनवले बा ।
कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद बितल सावन २४ गते उ वीरगंज महानगरपालिकाद्वारा सञ्चालित गण्डक कोभिड अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।
उ पहिले से हि उच्चरक्तचाप, मधुमेह तथा प्यारालायसिस से पीडित रहलन ।
शुक के सँझिया अचानक स्वास्थ्य मे आउर समस्या आईल आ ईलाज के समय मे मृत्यु भईल गण्डक कोभिड अस्पताल के संयोजक डा. उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।
‘क्याबिन मे बेटा सँगे रहनी, उहाँ सिसिटीभी क्यामेरा नइखे । अचानक बेटा बुवा के समस्या भईल कहके फुन कइनी,’ कहत उ, ‘चिकित्सक स्वास्थ्यकर्मी टोली पुग के ईलाज शुरु कईलन ।
माकिर बँचावे ना सकल गईल ।’
चिकित्सक के मुताविक उनका मे कोभिड निमोनिया ना रहे आ देह मे अक्सिजन के मात्रा भी ठिक रहे ।






