बारामे एतवार के सब दिन से बेसी ६५ जनेमे कोरोना संक्रमण पुष्टि

प्रभु यादव
बारा ३२ सावन
बारा जिल्ला मे सब से बेसी एतवार दिन ६५ जने कोरोना भाईरस पुष्टि भईल बा ।
जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के ३६ जने , महागढीमाई नगरपालिका के १७ जने , करैयामाई गाउँपालिका के १० जने , कलैया उपमहानगरपालिका के १ जने आ एक जने के स्थानिय तह ना खुलल कोरोना सक्रमित भईल ६५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भई जनस्वास्थ्य कार्याय के प्रमुख रामनरेश यादव जनकारी करावले बानी ।
सक्रमित होखे मे १६ जने जनानी अा ४९ जने मर्दाना रहल बाडन जवना मे पाच बरीस से ८५ बरीस तक के लोग रहल बा ।
बारा मे एके बेर बहुते जनेमे संक्रमण पुष्टि भईल पहिलका बेर भईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी करावले बानी ।
बारा के पिसिआर चेक करावेवाला के जाँच रिपोट आवेवाला क्रम बढला से संख्या मे वृद्धि होये के क्रम भईला से जनता सब बेसी से बेसी सचेत रहे के पण्डित कहनी ।
बारा मे कोरोना संक्रमित के संख्या तीन सय ८८ पुगल बा । जवना मे से एक सय ५८ जना के उपचार होरहल बा आ ३८ जने होम् आइसोलेसन मे रहल जनस्वास्थ्य प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी ।
अभि तकले एक सय ९३ जने संक्रण मुक्त होके घर चलगईल बानी ७ जने के ज्यान चलगईल बा ।






