कवि शिवनन्दन जयसवाल के जन्मदिन के पर झारखण्ड में अन्तराष्ट्रिय कवि सम्मेलन

कविता,मुक्तक,गीत से सजल साँझ

राजेश भोजपुरिया(जमशेदपुर)

१७ अगस्त सोमवार के भारत झारखण्ड के जमशेदपुर से संचालित ऑनलाइन “बात-बतकही” में नेपाल के युवा कवि, लेखक आ भोजपुरी दर्शन पत्रिका के सम्पादक श्री शिवनन्दन जयसवाल के ३७ वा जन्म वार्षिकी के अवसर पर काव्यात्मक बधाई सामूहिक रूप से दिहल गइल।

ओह अवसर पर जमशेदपुर के साहित्यकार लोगन एक अन्तराष्ट्रिय कवि सम्मेलन के ही आयोजन कइले रहले ।

ओह में विद्वत साहित्यकार, गायक आ कवि लेखक लोग कवि जयसवाल के जनमदिन खुब धुमधाम से मनवलेन ।

कविता गजल गीत मुक्तक दोहा सोहर से जयसवाल जी के बधाई दिहल गइल ।

सम्मेलन के अध्यक्षता करत रही गोरखपुर से लोकगायक आदरणीय श्री राकेश श्रीवास्तव आ ओहिजे एकर सफल संचालन करत रहीं घाटशिला, झारखण्ड से कवयित्री डॉ रजनी रंजन।

मुख्य अतिथि के रूप में नेपाल से उपस्थित रही वरिष्ठ गजलकार आदरणीय श्री रामप्रसाद साह।

आयोजन में उपस्थित सभे लोगन द्वारा शिवनन्दन जयसवाल के जन्मदिवस पर आपन उदगार का साथे गीत आ काव्यपाठ के प्रस्तुति से बधाई देल गइल ।
लोकगायिका मनीषा श्रीवास्तव के बधाव गीत से स्वागत भइल रहे ।

ओकरा बाद सभे केहु द्वारा एक से एक रचना के प्रस्तुति देके साँझ के सुरमई बनावल गइल।

ओह सम्मेलन में भोजपुरी के चर्चित साहित्यकार श्री रामप्रसाद साह, श्री राकेश श्रीवास्तव, डॉ रजनी रंजन, श्री राजेश भोजपुरिया, श्री राणा रंजीत वासु, श्रीमती रजनी सिंह, डॉ पुष्कर कुमार, श्रीमती मनीषा श्रीवास्तव आ जेकरा खातिर ई कार्यक्रम आयोजित कइल गइल रहे श्री शिवनन्दन जयसवाल उपस्थित रहले।

साहित्यकार शिवनन्दन जयसवाल नेपाल ५ नंबर प्रदेश रुपन्देही से करिब दु दशक से अधिक समय से अनवरत भोजपुरी भाषा संस्कृति साहित्य समाज खातिर सहयोगी आ निरन्तर सृजनरत बानी ।

उहाँ के भोजपुरी भाषा आ संस्कृति गद्य पुस्तक आ भिनसहरा भोजपुरी कविता सङ्ग्रह प्रकाशित बा । कैयौं कृति प्रकाशन उन्मुख बा ।

पेशा से एक अध्यापक जयसवाल जी भोजपुरी साहित्यिक दुनिया के एक सशक्त हस्ताक्षर हइ ।

एह तरह के आयोजन आगे भी जारी रही एही संकल्प का साथे कार्यक्रम के समापन भइल।
अंत में धन्यवाद ज्ञापन संयोजक राजेश भोजपुरिया द्वारा दिहल गइल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।