प्रदेश २ सरकार निजी स्वास्थ्य संस्था के कोरोना ईलाज मे खटाई

जनकपुरधाम २ भादो
प्रदेश २ सरकार निजी स्वास्थ्य संस्था तथा मेडिकल कलेज के संघीय सरकार तोकल रोपेया देके कोरोना ईलाज के खातिर प्रयोग करेके निर्णय कईले बा ।
प्रदेश संकट व्यवस्थापन केन्द्र (पीसीएमसी) के आजु बईठल बईठक से ई काम के खातिर समाजिक विकास मन्त्री के संयोजकत्व मे सुरक्षा निकाय के प्रमुखलोग रहेवाला किसिम से समन्वय समिति गठन कईले बा ।
समिति से मेडिकल कलेज आ निजी स्वास्थ्य संस्था से ई बारेमे छलफल अगाडि बढावे के निर्णय भी कईल सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह जानकारी देहनी ।
मेडिकल कलेज तथा निजी अस्पताल कोभिड ईलाज मे सहजोग ना कईला पर कारवाही तथा दर्ता खारेज के खातिर संघीय सरकार मे लिख के पठावेके तथा कानून वमोजिम कारवाही के खातिर मुद्दा प्रक्रिया अगाडि बढावेके निर्णय भईल मन्त्री साह बतवनी ।
बईठक से कोरोना महामारी नियन्त्रण मे उत्कृष्ट भूमिका निर्वाह करेवाला चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी एवं सुरक्षाकर्मी के प्रोत्साहन स्वरुप पुरस्कृत करेके निर्णय भी कईले बा ।
बईठक से प्रदेश मे समुदाय स्तर मे फईलत गईल कोरोना महामारी नियन्त्रण मे रहल समस्या एवं सरकार से करेवाला काम के बारेमे जिल्लास्तर से जानकारी लेवे खातिर प्रदेश के ४ जगहा मे २÷२ जिल्ला समेटेवाला किसिम से बईठक करेके निर्णय भी कईले बा ।
कोरोना महामारी नियन्त्रण मे देखल गईल जनशक्ति कमी के तत्काल करार सेवा मार्फत परिपूर्ति करे खातिर भी पीसीएमसी बईठक से समाजिक विकास मन्त्रालय के निर्देशन देहले बा ।
बईठक मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कोरोना के बहुते दुःखदायी तथा असहज परिस्थित मे पहिलका दायित्व नागरिक के बँचावल हि रहल बतवनी ।
प्रदेश सरकार आ पीसीएमसी वितल समय मे कईल निर्णय कार्यान्वयन भी करे खातिर बईठक से सरोकारवाला निकाय के निर्देशन देहले बा ।
वीरगंज, जनकपुर आ राजविराज मे आउर पीसीआर मेसिन जडान एवं गौर मे नयाँ ल्याब सञ्चालन अविलम्ब पूरा कईला के साथे महोत्तरी के जलेश्वर मे नयाँ ल्याब संचालन करेके निर्णय बईठक से कईले बा ।





