निलम्बन बदर करेके माग करत रौनियार संसद मे देहलें निवेदन

काठमाण्डु ३ भादो
आपन सांसद पद निलम्बन बदर करेके माग करत हरिनारायण प्रसाद रौनियार संघीय संसद सचिवालय मे निवेदन देहले बानी ।
पर्सा क्षेत्र नम्बर ३ से निर्वाचित रौनियार विरुद्ध अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग भ्रष्टाचार मुद्धा दायर कईला से उ निलम्बित बाडन ।
खुद निलम्बन मे पडला के बाद रौनियार २०७५ पुस १५ मे निलम्बन कईला के कारण खुलावे के माग करत संघीय संसद सचिवालय मे निवेदन देहले रहलन ।
ओकर कउनो जवाफ ना आईल कहत उ मंगर के दिने फेनु निवेदन देहले बाडन ।
निवेदन मे उ आपन सांसद पद निलम्बन बदर करके यथाअवस्था मे कामकाज करेके आदेश माग कईले बानी ।
अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मुद्वा दर्ता कईला पर जननिर्वाचित प्रतिनिधि निलम्बन करेके प्रावधान प्रतिनिधिसभा संसद नियमावली समेत के विरुद्ध रहल रौनियार के जिकिर बा ।
माकिर, अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग सम्बन्धी ऐन मे सार्वजनिक पद धारण कईल आदमी के भ्रष्टाचार आरोप मे मुद्वा चलल अवस्था मे किनारा ना होखे तक स्वतः निलम्बन होखेके व्यवस्था बा ।






