पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय आ शाखा समिति के कार्यकाल ६ महिना थप

काठमाण्डु ३ भादो
नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय समिति आ शाखासब के कार्यकाल ६ महिना थप कईल बा ।
प्रविधि के (जुम वेविनार) माध्यम से बुध के दिने भईल राष्ट्रिय भेला से केन्द्रीय कार्यसमिति, प्रदेश आ जिल्ला÷प्रतिष्ठान÷एसोसिएट शाखासब के कार्यकाल ६ महिना थप करेके निर्णय कईले बा ।
महासंघ अभी के केन्द्रीय कार्यसमिति के ३ बरीस के कार्यकाल भादो ५ गते ओरात बा ।
माकिर कोरोना महामारी के जोखिम मे तत्काल महाधिवेशन सम्पन्न कईल असम्भव देखल गईला से महासंघ के विधान मुताविक कार्यकाल ६ महिना थप कईल महासचिव रमेश विष्ट विज्ञप्ति मार्फत जानकारी करवले बाडन ।
महासंघ आवेवाला फागुन ३ गते केन्द्र प्रदेश आ शाखा के निर्वाचन करेके निर्णय भी कईले बा ।
ओकरा से पहिले आवेवाला अगहन महिना भितर जिल्ला, प्रतिष्ठान आ एसोसिएट शाखा के, पुस महिना भितर मे प्रदेश समितिसब के आ माघ ४ आ ५ गते केन्द्रीय साधारणसभा पुरा करेके निर्णय कईले बा ।
कोरोना महाव्याधी के चलते ई कार्यतालिका कार्यान्वयन मे जटिलता भईला पर सभी कार्यतालिका पुनरावलोकन करेके अधिकार केन्द्रीय समिति के प्रदान करेके निर्णय भी बुध के दिने के भेला से कईले बा ।
महासंघ से कोरोना महाव्याधी के चलते सञ्चार क्षेत्र आ महासंघ के सदस्यलोग आर्थिक अभाव भोगेके पडल कहत २०७७ साल के सदस्यता शुल्क छुट देहले बा ।
महासंघ कोरोना महाव्याधी के चलते आर्थिक समस्या भोग रहल सञ्चारमाध्यम आ श्रमजीवी पत्रकार के खातिर उचित राहत के खातिर संघीय, प्रदेश आ स्थानीय सरकारसब से माग कईले बा ।
सञ्चारमाध्यमसब श्रमजीवी पत्रकार के निष्कासन करेके, दबाबपूर्ण विदा मे राखेके, तलव–भत्ता कटौती करेके, अनुचित सरुवा करेके आ नियमित पारिश्रमिक ना देवेके सिलसिला कायम रहल कहत महासंघ के बुध के भेला से आवेवाला पुस मे केन्द्र, प्रदेश आ शाखासब मार्फत सशक्त दबाबमूलक अभियान सञ्चालन करेके आ कानूनी संघर्ष के निरन्तरता देवेके निर्णय कईले बा ।
अग्रभाग मे रहके सञ्चारकर्म मे रहला के चलते सञ्चारकर्मीलोग कोरोना संक्रमण भईला मे चिन्ता व्यक्त करत महासंघ उचित ईलाजज के प्रवन्ध मिलावे खातिर सरकार से माग कईले बा ।
महासंघ से कर्म क्षेत्र मे खटेवाला श्रमजीवी पत्रकार के सम्भव होखे तक घर से काम करेके भा कार्यालय भा फिल्ड मे खटला पर प्रर्याप्त स्वास्थ्य सावधानी अपनावे खातिर आहृवान भी कईल बा ।
महासंघ स्वास्थ्य सुरक्षा के जोखिम के सहके अग्रभाग मे काम करेवाला सभी पत्रकारलोग के पीसीआर परीक्षण आ संक्रमितलोग के उचित ईलाज के व्यवस्था मिलावे के भी माग कईले बा ।






