प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के संख्या ८ हजार से बेसी

जनकपुरधाम ४ भादो

प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के संख्या ८ हजार से बेसी पुगल बा । पिछिलका २४ घण्टा मे १ सय ८० जने थपईला सँगे संक्रमित के संख्या ८ हजार से बेसी पुगल बा ।

२४ घण्टा भितर पर्सा मे ५२ जने कोरोना संक्रमित देखल गईल बा । धनुषा मे २९, सिराहा मे २५, सर्लाही मे २४, महोत्तरी मे १८, बारा मे ७, रौतहट मे ६ आ सप्तरी मे १९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे प्रदेश मे कोरोना संक्रमित के संख्या ८ हजार ६३ पुगल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे १ सय ८ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके डिस्जार्च भईल बाडन ।

सप्तरी के २०, सिराहा के ५, धनुषा के १३, महोत्तरी के १२, सर्लाही के ४, रौतहट के २१ आ पर्सा के ३३ जने डिस्जार्च भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

एकरा सँगे कोरोना संक्रमण ठिक होखेवाला के संख्या ३ हजार ९ सय ८४ पुगल बा ।

प्रदेश मे बियफे तक कोरोना संक्रमण से ५१ जने के मृत्यु भईल मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।