धनुषा मे मृत्यु भईल पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

जनकपुरधाम ५ भादो

बुध के दिने मृत्यु भईल धनुषा के एक आदमी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जिल्ला के नगराइन नगरपालिका–३ फुलगामा के ५० बरीस के पुरुष मे मृत्यु के बाद शुक के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

बेमार भईला के बाद बुध के दिने सबेरे उनका के प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधा मे भर्ना कईल रहे ।

उनकर स्वाब संकलन करके ईलाज शुरु भईला पर भी आउर ईलाज जरुरी होखेके कहत काठमाण्डु रेफर कईल रहे । बुध के दिन के काठमाण्डु लेजाजए के समय मे सिन्धुली के खुर्काेट पुगला के बाद उनकर मृत्यु भईल रहे ।

उ मुटु, दम, उच्च रक्तचाप आ मधुमेह के बेमार भईल प्रादेशिक अस्पताल के चिकित्सक बतवले बाडन । उनकर अन्तिम संस्कार बियफे के दिने हि कईल गईल बा ।

एकरा सँगे धनुषा मे कोरोना संक्रमण पुष्टि होके मृत्यु होखेवाला के संख्या १० पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।