निजी अस्पताल के कोरोना ईलाज मे खटावल जाई : प्रदेश २

जनकपुरधाम ५ भादो

प्रदेश २ सरकार प्रदेश मे रहल निजी अस्पताल आ मेडिकल कलेज के कोरोना संक्रमित के ईलाज के खातिर प्रयोग करेके भईल बा ।

भादो २ गते बईठल प्रदेश संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से संघीय सरकार से तोकल दररेट मुताविक रोपेया देके उ अस्पता के कोेरोना संक्रमित के ईलाज मे प्रयोग करेके निर्णय कईले बा ।

मेडिकल कलेज तथा निजी अस्पताल से असहजोग कईला पर संघीय सरकार के लिख के पठावेके भा कानुनी कारबाही करेके निर्णय भी प्रदेश सरकार कईले बा ।

अभी प्रदेश २ के पर्सा, बारा, रौतहट, महोत्तरी, सर्लाहीसप्तरी सहित के जिल्ला मे कोरोना संक्रमित के संख्या बढ रहल बा । संख्या बढला सँगे संक्रमित के ईलाज ना मिलेके अवस्था सिर्जना भईल बा ।

बईठक से मरेजी के ईलाज ना करके फिर्ता करेवाला सरकारी, सामुदायिक आ निजी स्वास्थ्य संस्था के ओईसन ना करे खातिर निर्देशन देहले बा ।

जदि मरेजी के ईलाजज ना करके फिर्ता कईला पर कानूनी कारबाही करेके भी बईठक से निर्णय कईले बा ।

प्रदेश २ सरकार हरेक जिल्ला मे कम्ती मे ४ गो एम्बुलेन्स तईयारी अवस्था मे राखेके निर्णय भी कईले बा । प्रमुख जिल्ला अधिकारी के समन्वय मे परिचालन होखेवाला किसिम से एम्बुलेन्स तईयारी अवस्था मे राखेके प्रदेश सरकार जनवले बा ।

प्रदेश भितर के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र के लेभल १, जिल्ला अस्पताल के लेभल २ आ प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम के लेभल ३ कोभिड अस्पताल के रुप मे स्तरोन्नति के खातिर पूर्वाधार विकास करेके निर्णय भी कईले बा ।

एहितरे जनकपुर, राजविराज आ वीरगंज मे पीसीआर मेसिन थप करेके आ सिरहा, महोत्तरी, सर्लाही, बारा आ गौर अस्पताल के खातिर पीसीआर मेसिन खरिद करेके निर्णय भी कईले बा ।

उ जिल्ला मे प्रयोगशाला सञ्चालन के खातिर करार सेवा मे जनशक्ति पदपूर्ति करेके निर्णय भी कईल बा ।

बईठक से कोरोना संक्रमण, ईलाज आ रोकथाम के खातिर उत्कृष्ट काम करेवाला स्वास्थ्यकर्मी, सुरक्षाकर्मी आ कर्मचारी के पुरस्कृत करेके निर्णय भी कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।