कोरोना से ११ जने के मृत्यु पुष्टि, मृतक के सख्या १४० पुगल

काठमाण्डु ५ भादो

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से १० जने के मृत्यु भईल पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे कोरोरा से मृत्यु होखेवाला के संख्या १४० पुगल बा ।
पर्सा मे २ जने के मृत्यु भईल बा ।

एहितरे काठमाण्डु, ललितपुर, मोरङ, मकवानपुर, दोलखा, प्युठान, धनुषा, सर्लाही आ सप्तरी के एक एक जने के मृत्यु भईल बा ।

यद्यपि स्वास्थ्य मन्त्रालय के तथ्यांक मे पर्सा के दु आ धनुषा के एक जने समावेश करेके बाँकी बा । ओहिसे कुल मृत्यु संख्या १३७ जने मात्र बा ।

काठमाण्डु महानगरपालिका–४ के ७६ बरीस के पुरुष के बलम्बुस्थित सशस्त्र प्रहरी अस्पताल मे बियफे के सँझिया मृत्यु भईल बा ।

ललितपुर के लुबु–१४ के ८६ बरीस के पुरुष के हृयाम्स अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
दोलखा के ३० बरीस के जनानी के पाटन अस्पताल मे ईलाजज के समय मे मृत्यु भईल बा । उ २ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

सर्लाही के मलंगवा के ४६ बरीस के पुरुष के भी पाटन मे मृत्यु भईल बा । उनकर १ सावन से अस्पताल मे ईलाज होत रहे ।

मोरङ के बिराटनगर–६ सरोचिया के ४५ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । ३ भादो मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ होम आइसोलेसन मे रहनी ।

प्युठान के स्वर्गद्धारी नगरपालिका–७ सोत्रेका ६४ बरीस के पुरुष के कोरोना विशेष अस्पताल बुटवल मे ईलाज के समय मृत्यु भईल बा ।

पर्सा के वीरगंज महानगर–१० रानीघाट के ४८ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।

नारायणी मे ईलाज के समय मे कोरोना पुष्टि भईला के बाद उनका के ३२ सावन मे वीरगंज हेल्थकेयर कोभिड अस्पताल मे भर्ना करके ईलाज होत रहे ।

सप्तरी के ७७ बरीस के पुरुष के बलम्बुस्थित एपीएफ अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । ३० सावन मे काठमाण्डु आईल उनका मे संक्रमण भईल ३२ गते पुष्टि भईल रहे । ओकरा बाद ग्रिनसिटी मे भर्ना भईल उनका के बियफे के दिने बलम्बु लेगईल रहे ।

बुध के दिने मृत्यु भईल धनुषा के नगराइन–३ फुलगामा के ५० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

बुध के दिने प्रादेशिक अस्पताल, जनकपुर मे भर्ना भईल उनका के आउर ईलाज के खातिर काठमाण्डु लेजाए के समय रास्ता मे मृत्यु भईल रहे ।

वीरगंज–२६ सुगौली के ५८ बरीस के पुरुष के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । कोरोना पुष्टि भईला के बाद तराई अस्पताल से वीरगंज हेल्थकेयर कोरोना अस्पताल रिफर भईल रहलन ।

आउर ८३८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि
पिछिलका २४ घण्टा मे ८३८ जने मे संक्रमण भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक १३ हजार ५७९ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर उलोग मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे संक्रमित के संख्या ३० हजार ४८३ पुगल बा । जउना मेसे ईलाज के बाद ठिक होके १८ हजार २१४ जने डिस्चार्ज भईल बाडन । शुक तक मात्र २५० जने डिस्चार्ज भईलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।