पर्सा मे कोरोना संक्रमण से अवर एक जना के मृत्यु

वीरगंज ०६ भादो

पर्सा मे कोरोना संक्रमण से आउर एक जने के मृत्यु भईल बा । बहुदरमाई नगरपालिका–४ डकैला बहुअरी रहेवाला ६१ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।

एकरा सँगे वीरगंज मे कोरोना संक्रममण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ३६ पुगल बा ।

मृत्यु भईल मेसे २७ जने पर्सा के, ५ जने बारा के आ रौतहट के २ जने बाडन । जेठ ३१ गते वीरगंज के घण्टाघर मे मृत मिलल लावारिस लास मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

माकिर उनकर अभी तक पहिचान खुले सकल नइखे ।
नारायणी अस्थायी कोभिड विशेष अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे ईलाज के समय मे सबेरे ७ः१० बजे उनकर मृत्यु भईल डा. दीपक कुशवाहा जानकारी देहनी ।

कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद अली अर्थो ट्रमा सेन्टर से गम्भिर अवस्था मे वीरगंज हेल्थ केयर मे लियावल रहे ।

उच्च रक्तचाप, मुटु आ दम सम्बन्धी समस्या से ग्रस्त उनकर स्वाब भादो ३ गते संकलन कईल रहे । पीसीआर रिपोर्ट पोजेटिभ अईला के बाद भादो ४ गते सँझिया ८ः३० बजे वीरगंज हेल्थ केयर मे लिआवल रहे ।

बोखार, श्वास प्रश्वास, मुडि दुखाएके, उलटी, दम होखेके समस्या के चलते ३१ गते से उनकर अलि अर्थो मे ईलाज होत रहे ।

वीरगंज हेल्थ केयर मे गम्भिर अवस्था मे ६ जने संक्रमित रहल आ २ जने के स्थिति एकदमे जटिल रहल ईलाज मे संलग्न चिकित्सक बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।