स्रोत ना खुलल १६ लाख रोपेया पकडाईल

प्रभु यादव

बारा ०६ भादो,

बारा के महागढीमाई न.पा. वार्ड नं. ७ बेनौली रास्ता मे प्रहरी चेकजाच के क्रम मे १६ लाख रोपेया बरामद कईले बा ।

प्रहरी चौकी तेलकुवा से खटल प्रहरी चेकिङ्ग टोली करिब सबेरे ८ बजे के समय मे चेकिङ्ग करे के क्रम मे पश्चिम बेनौली चोक ओर से आईल मोटरसाईकल रोक के चेकजाँच कईला पर चालक आपन साथ मे रहल लाल रंग के झोला फेक के भागल जवना के खोल के देखला पर रोपेया रहल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी ।

झोरा मे नेपाली रोपेया एक हजार के सात सय ६२ थान आ पाँच सय के एक हजार छव सय ७६ थान कर के १६ लाख रहल मिलल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी देहले बानी ।

बरामद भईल रोपेया फेंक के भागल मोटरसाईकल आ चालक के खोजी कईल जारहल मिश्र जानकारी देहले बानी ।

स्रोत ना खुल्ल बरामद रोपेया के सम्बन्ध मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे लियाके आउर अनुसन्धान के काम कईल जारहल प्रवक्ता मिश्र जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।