धनुषा मे १४ गते तक बढल निषेधाज्ञा

जनकपुरधाम ७ भादो
धनुषा मे जारी निषेधाज्ञा भादो १४ गते तक बढावल गईल बा । एतवार के दिने बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति आ जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से निषेधाज्ञा के समय बढावल प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रेम प्रसाद भट्टराई जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले ३२ सावन मे बईठल बईठक से भादो ७ गते तक के खातिर निषेधाज्ञा जारी करेके निर्णय कईल रहे ।
माकिर कोरोना संक्रमण फईलेके क्रम ना रुकला से निषेधाज्ञा जारी करेके निर्णय भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी भट्टराई बतवनी ।
स्थानीय प्रशासन ऐन २०२८ के दफा ६ के ३ बमोजिम जिल्ला भर निषेधाज्ञा लगावे के निर्णय भईल उ बतवनी ।
एकरा से पहिले जनकपुरधाम मे १९ सावन से २५ सावन तक आ २६ सावन से ३२ सावन तक निषेधाज्ञा जारी कईल रहे ।






