रौतहट के बाग्मती नदी मे ३ लइकी बेपत्ता

रौतहट ७ भादो
रौतहट के धर्मपुर मे रहल बाग्मती नदी मे ३ जने लइकी डुब के बेपत्ता भईल बाडन ।
गढिमाई नगरपालिका–७ के १० बरीस के पिंकुकुमारी मुखिया, १२ बरीस के सुजिता कुमारी दास आ १० बरीस के चञ्चलकुमारी मुखिया बेपत्ता भईल रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक रविराज खडका जानकारी देहनी ।
डुबल लईकालइकीलोग के खोजी के खातिर स्थानीय वासिन्दा, नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी खटल बाडन ।
सँगे नहाए गईल अर्चना कुमारी मुखिया लइकी डुबडल देखला के बाद स्थानीय के खबर कईले रहनी ।






