पर्सा मे संचारकर्मी सहित १४२ जने मे कोरोना संक्रमण

वीरगंज ०७ भादो

पर्सा मे एके दिन आउर १ सय ४२ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे शनिचर के रात ३ सय २० जने के स्वाब परीक्षण कईला पर पर्सा के मात्र १ सय ४२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

वीरगंज के लिंकरोड मे रहल सामुदायिक रेडियो नारायणी एफएम के ५ जने संचारकर्मी, नेशनल मेडिकल कलेज के ३, भवानी अस्पताल आ तराई हस्पिटल के १÷१ करके ५ जने डाक्टर आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के ९ जने थुनुवा मे संक्रमण मिलल बा ।

एहितरे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १ पिपरा के १६ जने, वीरगंज छपकैया के १० जने, पर्सा के विन्दवासीनी गाँवपालिकाका ९ जने आ पर्सागढी नगरपालिका के ४ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल प्रयोगशाला जानकारी देहले बा ।

वीरगंज सिर्सियास्थित सुख्खा बन्दरगाह के २ जने मे भी संक्रमण मिलल बा । आउर १ सय ४२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा मे संक्रमित के संख्या १ हजार ९ सय ३६ पुगल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।