बारा के सीडीओ पण्डित कपार पर मास्क पहिनला के बाद….

बारा ०७ भादो
बारा मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी रूद्रप्रसाद पण्डित कपार पर मास्क पहिनल फोटो अभी सामाजिक सञ्जाल मे भाइरल भईल बा ।
मास्क कपार पर पहिनल फोटो प्रमुख जिल्ला अधिकारी स्वयं सामाजिक सञ्जाल फेसबुक मे सबेरे पोष्ट कईले रहनी ।
उहे फोटो दोसर केहु अनेकन प्रतिक्रिया के साथ पोष्ट कईले बाडन ।
आजु सिम्रौनगढ मे भारतीय नाका मे मल तस्करी कपे बारे मे अनुगमन करे गईल उ मास्क उपर उठा के कपार पर पुगईले रहनी ।
बारा के कलैया के पत्रकार साजिर मन्सुर ‘जनता मास्क ना पहिनला पर जबर्जस्ती १ सय रोपेया तिरावेके आ हमनी के प्रजिअ रुद्रप्रसाद पण्डित ज्यू कपार पर मास्क पहिनला पर केतना तिरला पर उचित होखी ? कहके स्टाटस पोष्ट कईले बाडन । ओमे समर्थन आ विरोध मे अनेकन टीका टिप्पणी आईल बा ।
फोटो विवाद मे पडला के बाद प्रजिअ पण्डित मास्क ना पहिनल फोटोसब हटा के मास्क पहिनल फोटो मात्र रखले बाडन ।
प्रजिअ पण्डित के आदेश मे बारा मे कोरोना महामारी शुरु भईला के बाद २ हजार ९ सय ४७ जने के मास्क ना पहिनला के चलते कारबाही कईल रहे ।
मास्क ना पहिन के सार्वजनिक जगहा मे चलेवाला के पुलीस पकड के जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे बुझईला के बाद १ सय रोपेया जरिवाना लेहला के बाद मात्र छोडल जाला ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी पण्डित अनुगमन के समय मे खैरो एन ९५ मास्क पहिनला पर स्वास लेवेमे समस्या भईल जईसन महसुस भईला से दूरी कायम करके मास्क उपर उठावल बतवले बानी ।
उ बिहान से खुद भी नियमित मेडिकलमास्क प्रयोग करके आदत सुधारेके प्रतिवद्धता जनवले बानी ।
उहे समय मे बारा मे भारत से तस्करी करके लियावल रासायनिक मल स्थानीय प्रशासन बरामद कईले बा ।
एतवार के सबेरे बारा के सिम्रौनगढ गाँवपालिका के अन्तर्गत के ४ गो सिमा नाका अनुगमन के समय मे ९ गो मोटरसाइकल मे तस्करी करके लिया रहल ४० बोरा रासायनिक मल बरामद कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।
बरामद मल वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावे के तईयारी बा ।
निषेधाज्ञा के समय मे भी खुल्ला सीमाना के फायदा उठावत तस्करी जारी रहल आ आदमीसब भी ओहोर दोहोर कर रहल सिकाईत अईला के बाद प्रमुख जिल्ला अधिकारी सहित के टोली अनुगमन मे गईल रहे ।






