रौतहट मे एक घर एक परिक्षण अभियान

रौतहट १० भादो

रौतहट के दुर्गा भगवती गाँवपालिका मे एक घर एक पीसीआर अभियान संचानल होखेवाला भईल बा ।

गाँवपालिका के अध्यक्ष अरुण साह भादो १२ गते शुक के दिने हेल्थ डेस्क सञ्चालन करके गाँवपालिका के सभी घरधुरी के वासिन्दा के परीक्षण करेके बतवले बाडन । परीक्षण के खातिर स्वास्थ्य चौकी के कर्मचारी के व्यवस्थापन लगायत के काम कईल उ बतवनी ।

पिछिलका समय रौतहट मे संक्रमित के संख्या बहुते तेजी से बढ रहल बा । जिल्ला के सभी स्थानीय तह मे संक्रमण फईलल बा ।

रौतहट मे १९ हजार ९० जने के स्वाब संकलन कईल बा जउना मेसे १६ हजार ६ सय २३ जने के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा आ १ हजार ५ सय ४३ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।
रौतहट मे ९ सय २४ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी रहल बा ।

अभी रौतहट के आइसोसन मे १ सय ४० जने रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।