डुब के मृत्यु होखेवाला लइकी के परिवार के १ लाख राहत

जनकपुरधाम १० भादो
रौतहट के गढीमाई नगरपालिका ६ स्थित बागमती नदी मे डुब के मृत्यु भईल तीन जने लइकी के परिवार के प्रदेश २ सरकार जनही १ लाख रोपेया क्षतिपूर्ति देवेवाला भईल बा ।
मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत मृतक परिवार उपर समवेदना प्रकट करत राहत रकम घोषणा कईले बाडन । ‘मृतक परिवार के राहत स्वरुप प्रदेश सरकार के ओरी से तत्काल क्षतिपूर्ति उपलब्ध करावे के घोषणा करत बानी’ उ कहले बाडन ।
चार दिन पहिले रौतहट के गढीमाई नगरपालिका ६ स्थित बागमती नदी मे डुब के उहे नगरपालिका के वार्ड नम्बर ७ के लक्ष्मण दास तत्मा के १५ बरीस के बेटी स्वचिता दास, भदै मुखिया के ११ बरीस के बेटी पिंकु आ छठु मुखिया के १० बरीस के बेटी चञ्चल मुखिया के डुब के मृत्यु भईल रहे ।






