कोरोना नियन्त्रण मे प्रदेश से देहल रोपेया खर्च ना भईल : मुख्यमन्त्री राउत

जनकपुरधाम ११ भादो
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत प्रदेश सरकार कोरोना नियन्त्रण के खातिर देहल बजेट जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ अस्पताल से खर्च करे ना सकल बतवले बाडन ।
कोरोना महामारी नियन्त्रण सम्बन्ध मे सर्लाही आ रौतहट के सरोकारवाला से सुझाव लेवे खातिर सर्लाही के हरिवन मे बियफे के दिने आयोजना कईल कार्जक्रम मे उ प्रदेश सरकार से देहल रोपेया खर्च ना भईलु दुर्भाग्यपूर्ण भईल बतवनी ।
प्रदेश सरकार बेर बेर जिल्ला मे रोपेया आ स्वास्थ्य उपकरण तथा सामान पठईला पर भी जिल्लास्थित जिम्मेवार आदमीसब सदुपयोग करे ना सकल राउत बतवनी ।
मुख्यमन्त्री राउत बारा के कलैया अस्पताल मे पठावल ५ करोड, रौतहट के गौर अस्पताल मे पठावल अढाई करोड रकम खर्च होखे ना सकला से फिर्ता भईल जानकारी करवनी । उ कहनी कि, “ई रोपेया से उ अस्पतालसब मे आईसीयू, सीसीयू लगायत उपकरण तईयार कईल जा सकित ।”
अभी जिल्लासब मे पठावल रोपेया कोरोना महामारी नियन्त्रणमा खर्च करे खातिर उ निर्देशन भी देहनी ।
मुख्यमन्त्री राउत कोरोना महामारी के ई संकट के समय मे जनता के ज्यान के रक्षा हि प्रदेश सरकार के पहिलका प्राथमिकता रहल बतवनी । “जनता के ज्यान के रक्षा बाहेक आउर बात सोंचेके समय अभी नइखे” कहके बतवनी ।
उ क्षमता से भ्याए तक कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर कउनो कसर बाँकी ना राखेके भी बतवनी ।
मुख्यमन्त्री राउत आठ गो जिल्ला मे पीसीआर ल्याब सञ्चालन के खातिर प्रक्रिया शुरु भइल उल्लेख करत रौतहट मे जडान भइल आ बाँकी जिल्ला मे १५ दिन भितर प्रयोगशाला तईयार होखेके बतवनी ।
कार्जक्रम मे समाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह स्वास्थ्य सामान के कउनो कमी होखे ना देवेके प्रतिवद्धता जनवनी ।





