देशभर ७१ पत्रकार मे कोरोना संक्रमण, प्रदेश २ के २७ जने

काठमाण्डु १२ भादो

नेपाल मे शुक तक ७१ जने पत्रकार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । पत्रकार के छाता संस्था नेपाल पत्रकार महासंघ के मुताविक सुदूरपश्चिम बाहेक बाँकी ६ प्रदेश मे पत्रकार भी कोरोना संक्रमित भईल बाडन ।

प्रदेश १ मे १३ जने पत्रकार कोरोना संक्रमित भईला मे मोरङ के १२ आ उदयपुर के १ जने रहल बाडन ।
प्रदेश २ मे २७ जने पत्रकार संक्रमित भईला मे पर्सा के १३, बारा के ४, धनुषा के २, सप्तरी के ३, सर्लाही के ३, महोत्तरी के १ आ रौतहट के १ जने रहल बाडन ।

बागमती प्रदेश मे ११ जने पत्रकार संक्रमित भईला मे काठमाण्डु के ९ आ ललितपुर के २ जने रहल बाडन ।
एहितरे गण्डकी प्रदेश मे कास्की के १ आ नवलपुर के ७ करके ८ जने संक्रमित भईल बाडन ।

प्रदेश ५ मे बाँके के २, बर्दिया के १, कपिलवस्तु के ६ आ रुपन्देही के २ करके ११ जने संक्रमित भईल बाडन ।कर्णाली के दैलेख जिल्ला मे १ जने पत्रकार संक्रमित भईल बाडन ।

पत्रकार महासंघ शुक के दिने विज्ञप्ति निकाल के संक्रमण के उच्च जोखिम के बीच फिल्ड मे खटेवाला सञ्चारकर्मीलोग के निःशुल्क पीसीआर परीक्षण के व्यवस्था के साथे संक्रमित सभी पत्रकारलोग के ईलाज के उचित व्यवस्था करे खातिर सरकार से माग कईले बा ।

महामारी के विषम परिस्थिति मे आपन पेशागत धर्म निर्वाह के समय मे संवेदनशील होके पूर्वसतर्कता के सभी स्वास्थ्य सुरक्षा के उपाय अवलम्बन करत स्वास्थ सुरक्षा के उच्च प्राथमिकता मे राख के काम करे खातिर महासंघ पत्रकारलोग से निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।