मध्य नेपाल पत्रिका के वार्षिकोत्सव मे कोरोना मे सहजोग करेवाला के सम्मान

वीरगंज १२ भादो,
वीरगंज से जनानीलोग के सक्रियता मे प्रकाशित होत आईल ‘मध्य नेपाल सन्देश’ पत्रिका के चउथका वार्षिकोत्सव मनावल गईल बा ।
कोरोना कहर के वीच मे सुरक्षा सतर्कता अपनावत कार्यालय के सञ्चारकर्मी, कर्मचारी आ समाज मे उच्च योगदान पुगावेवाला आदमीसब के सहभागीता मे वार्षिकोत्वसव मनावल गईल बा ।
मध्य नेपाल सन्देश के सम्पादक कविता खड्का के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे कोरोना महामारी मे अनेकन क्षेत्र से योगदान पुगावल आदमीसब के सम्मान कईल बा ।
सम्मानित होखेवाला मे चिकित्सक के ओरी से कोभिड नियन्त्रण मे दिनरात खटेवाला डा. निरज सिंह, डा. उदय नारायण सिंह के बरिष्ठ पत्रकार जगदिश शर्मा सम्मानित कईले रहनी ।
एहितरे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक गांगा पन्त, युवा नेता तथा गण्डक हस्पिटल के सञ्चालक रहबर अंसारी, वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल के संचालक डा. अबुलहैस अंसारी, होटल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ के अध्यक्ष हरि पन्त, सानो पाईला के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत कञ्चन झा, पत्रिका मे सहजोग करेवाला सञ्चारकर्मी, कर्मचारी लगायत के सम्मान कईल गईल बा ।
एहितरे पत्रिका के सञ्चारकर्मी तुलसी भण्डारी के नगद १० हजार आ सञ्चारकर्मी निलम पन्त आ स्तम्भकार एवं सञ्चारकर्मी गीता भण्डारी के नगद ५÷५ हजार रोपेया सहित सम्मान पत्र से सम्मान कईल गईल बा ।
कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नम्बर २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, डा. निरज सिंह, युवा नेता रहबर अंसारी, प्रहरी प्रमुख गंगा पन्त, बरिष्ठ पत्रकार जगदिश शर्मा लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
सञ्चारकर्मी लक्ष्मी खरेल से सहजिकरण कईल कार्जक्रम मे सानोपाईला के कार्जक्रम संयोजक जय साह, वीरगंज हेल्थ केयर के स्वास्थ्य संयोजक भुमिका अधिकारी, सञ्चारकर्मी सन्ध्या पौडेल, जाकिर हुसेन, कमला भण्डारी लगायत के सहभागीता रहल रहे उपस्थिति रहेको थियो ।






