प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के संख्या १० हजार से बेसी

जनकपुरधाम १४ भादो
प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के संख्या १० हजार से बेसी भईल बा ।
पिछिलका २४ घण्टा भितर २ सय २७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला सँगे प्रदेश मे कोरोना संक्रमित के संख्या १० हजार से बेसी पुगल बा ।
प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालय के मुताविक एतवार तक संक्रमित के संख्या १० हजार २२ पुगल बा ।
प्रदेश मे कोरोना संक्रमित के संख्या १० हजार से बेसी भईला पर सबसे बेसी संक्रमित पर्सा जिल्ला मे देखल गईल बा । २ हजार १ सय ७७ जने संक्रमित पर्सा मे देखल गईल बाडन आ रौतहट मे १ हजार ६ सय ३१ जने देखल गईल बाडन ।
धनुषा मे १ हजार ५ सय १८, सर्लाही मे १ हजार ४ सय ४७, महोत्तरी मे १ हजार २ सय ३६, बारा मे ८ सय ३०, सप्तरी मे ७ सय ८९ आ सिरहा मे ३ सय ९८ जने कोरोना संक्रमित देखल गईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।
एतवार तक ४ हजार ८ सय ४९ जने कोरोना संक्रमित ठिक भईल मन्त्रालय जनवले बा । मन्त्रालय के मुताविक २४ घण्टा भितर पर्सा के ६१, बारा के २३, सप्तरी के १३, सिरहा के १०, धनुषा के ५, महहोत्तरी आ रौतहट के १÷१ जने करके १ सय १४ जने डिस्जार्च भईल बाडन ।
प्रदेश मे कोरोना संक्रमण पुष्टि होके मृत्यु होखेवाला के संख्या ८६ पुगल बा ।






