पर्सा मे ३७ जने कोरोना मुक्त भईलें

वीरगंज १४ भादो
पर्सा मे आजु आउर ३७ जने कोरोना मुक्त भईल बाडन । पोखरीया नगरपालिका मे मात्र एतवार के दिने २५ जने कोरोना मुक्त भईल बाडन ।
संक्रमित भईला के बाद होम आइसोलेसन मे रहल पोखरीया नगरपालिका के ४ जने वार्ड अध्यक्ष सहित २५ जने के दुसरका बेर कईल पीसीआर रिपोर्ट एतवार के दिने नेगेटिभ अईला के बाद उलोग कोरोना मुक्त भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
एहितरे एतवार के दिने हि वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल से ८ जने, गण्डक अस्थायी कोभिड अस्पताल से ३ जने आ होटल विजयज्योति के सेमि आइसोलेसन से १ जने ठिक होके घर गईल बाडन ।
एकरा सँगे पर्सा मे कोरोना से ठिक होखेवाला के संख्या ६ सय ८४ पुगल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
अब वीरगंज के गण्डक कोभिड अस्पताल मे ५२ जने आ वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ४५ जने संक्रमित ईलाज करा रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
जिल्ला के अनेकन जगहा मे संचालित सेमी आइसोलेसन मे ३ सय ९८ जने संक्रमित रहल श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।






