सप्तरी आ महोत्तरी मे एक हप्ता बढल निषेधाज्ञा
जनकपुरधाम १५ भादो
प्रदेश २ के सप्तरी आ महोत्तरी मे फेनु एक हप्ता के खातिर निषेधाज्ञा के समय थप कईल बा । दुनु जिल्ला मे आवेवाला भादो २२ गते तक निषेधाज्ञा जारी रही ।
कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर गठित दुनु जिल्लास्तरीय समिति के सोमार के दिने बईठल बईठक से निषेधाज्ञा थपेके सिफारिस कईला के बाद सप्तरी के प्रमुख जिल्ला अधिकारी शंकरहरि आचार्य एक हप्ता के खातिर निषेधाज्ञा के समय थप कईल जानकारी देहनी ।
एहितरे महोत्तरी के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कटुवाल आवेवाला भादो २२ गते रात १२ बजे तक के खातिर निषेधाज्ञा जारी करेके निर्णय भईल बतवनी ।





