एके बेर मे ४ बच्चा जनमला के बाद जनेनी के मृत्यु

जनकपुरधाम १७ भादो

धनुषा मे एक जनानी एके बेर मे चार बच्चा के जन्म देहले बाडि । बच्चा के जन्म देहला के बाद उ जनानी के मृत्यु भईल बा ।

जिल्ला के विदेह नगरपालिका–७ जोगियारा टोल के अमिरुल खातुन जनकपुरधामस्थित काब्या अस्पताल मे मंगर के रात १० बजे के समय मे शल्यक्रिया मार्फत चार बच्चा के जन्म देहले बानी ।

बुध के दिने सबेरे से स्वासप्रश्वास मे समस्या देखल गईल खातुन के आईसीयू मे राख के ईलाज करेके समय मे बुध के दिने मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।
अस्पताल के सञ्चालक संजय सिंह के मुताविक खातुन के एक बेटा आ तीन बेटी के अवस्था भी अस्थिर देखल गईल बा ।

बेटा के तौल एक किलो ५ सय ग्राम आ बेटीलोग के तौल एक किलो २ सय ५० ग्राम रहल बा । अभी चारु जने बच्चा के एनआईसीयू मे राखल सिंह जानकारी देहनी ।

जनानी के मृत्यु होखे से पहिले बुध के सबेरे कोरोना परीक्षण के खातिर स्वाब संकलन करके जनकपुर के प्रादेशिक प्रयोगशाला पठावल गईल सिंह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।