बारा मे कोरोना से एक जने के मृत्यु, ५० जने संक्रमित

प्रभु यादव
बारा १७ भादो
बारा जिल्ला मे कोरोना से एक जने के मृत्यु भईल बा आ ५० जने सक्रमित भईल जनस्वास्थ्य बारा के प्रमुख रामनरेश यादव जानकारी करवले बानी ।
नारायणी अस्पताल के अस्थायी कोरोना अस्पताल गण्डक अस्पताल मे सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्वर ९ के ९७ बरीस के मर्दाना रात के करिब १ बजे के समय मे मरल बानी कहके प्रमुख यादव जानकारी करवले बानी ।
कोरोना सक्रमित होखे मे कलैया उपमहानगरपालिका के २४ जने जनानी आ २६ जने मर्दाना कर के ५० जने भईल यादव जानकारी करावले बानी ।
बारा मे अभी तकले नव सय ६४ जने सक्रमित भईल आ १८ जने के मृत्यु होचुकल प्रमुख यादव जानकारी करवले बानी ।
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका मे भेटल संक्रमित मे से वार्ड नं. १ के ५ जने, वार्ड नं. ७ के ५ जने, वार्ड नम्वर ५ मे ७ जने, वार्ड नं. २३ के ३ जने, वार्ड नं. २ मे ६ जने, वार्ड नं. ४ मे ६ जने, वार्ड नम्वर २० मे ४ जने, वार्ड नं. ३, ६, ८, ९ आ २१ मे १, १ जने, वार्ड नं. २० मे ४ जने संक्रमित ३ जने के ठेगाना पहिचान होखे सकल नइखे ।
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका मे भेटल संक्रमित मे से वार्ड नं. १ के ५ जने, वार्ड नं. ७ के ५ जने, वार्ड नम्वर ५ मे ७ जने, वार्ड नं. २३ के ३ जने, वार्ड नं. २ मे ६ जने, वार्ड नं. ४ मे ६ जने, वार्ड नम्वर २० मे ४ जने, वार्ड नं. ३, ६, ८, ९ आ २१ मे १÷१ जने मिल प्रमुख यादव जानकारी करवले बानी ।
संक्रमित ३ जने के ठेगाना पहिचान ना होखे सकल बा जवना के जानकारी कईल जारहल यादव जानकारी करावले बानी ।






