अर्थमन्त्री खतिवडा देहलें राजीनामा

काठमाण्डु १९ भादो
अर्थमन्त्री डा. युवराज खतिवडा पद से राजिनामा देहले बानी । उ प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के राजिनामा बुझवले बाडन । ओकरा से पहिले उ अर्थ मन्त्रालय मे आयोजना कईल बिदाई कार्जक्रम मे सहभागी भईल रहलन ।
मन्त्रालय के एक उच्च अधिकारी के मुताविक वित्तीय संघीयता कार्यान्वयन के चूनौतीपूर्ण अवस्था मे खुद जिम्मेवारी सम्हारल कहत जग बईठावेमे सफल भईल प्रतिक्रिया देहले बाडन ।
वित्तीय संघीयता मे शून्य से अगाडि बढल आ आधार बनावेके समय भईला से बेसी हि चुनौती रहल अर्थमन्त्री खतिवडा के कहनाम रहे ।
आपन कार्यकाल मे राजस्व प्रशासन मे भी सुधार भईल खतिवडा बतवनी । खास करके भ्याट फिर्ता खारेजी के निर्णय के अर्थमन्त्री सफल निर्णय मनले बाडन ।
ई समय मे खर्च प्रणाली आ लेखा प्रणाली मे भी उल्लेख्य सुधार भईल प्रतिक्रिया अर्थमन्त्री देहनी ।
बिदाइ के क्षण मे भी अर्थमन्त्री मे पद गुमल भाव ना झलकल अर्थमन्त्रालय के एक सहसचिव बतवनी ।
मन्त्री खतिवडा खुद जग बईठाके बिदाइ भईला पर भी ओकरा के निरन्तरता के जिम्मेवारी कर्मचारी मे रहल भी बतवले बाडन । अर्थमन्त्री खतिवडा साढे दु बरीस कार्यभार सम्हारके बिदा भईल बानी ।






