धनुषा मे कोरोना से भारतीय नागरिक के मृत्यु

जनकपुरधाम १९ भादो
धनुषा मे एक भारतीय नागरिक के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल बा । भारत के आन्ध्र प्रदेश के बिसाखापटा घर होके धनुषाधाम काम करत आईल भारतीय नागरिक के कोरोना से मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा के प्रशासकीय अधिकृत गणेश मिश्र जानकारी देहनी ।
धनुषा के क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका ३ रमदैयास्थित लोमस प्यारेन्टल एण्ड फोर्मुलेशन प्राईभेट लिमिटेड मे कार्यरत ६५ बरीस के भारतीय नागरिक के मृत्यु भईल बा । मिश्र के मुताविक बुध के कम्पनी के आवास मे बुढ मृत मिलल रहलन ।
मृत्यु के कुछ दिन पहिले बोखार आ सरदी खोकी के लक्षण देखल गईल प्रशासन के कहनाम बा । वितल चार बरीस से उ कम्पनी काम करत आईल पुरुष के आवास मे मृत लास मिलल रहे । लास के नेपाली सेना के कोरोना (कोविड–१९) डेथ बडी मेनेजमेन्ट टीम स्वाब लेके परीक्षण के खातिर बुझवले रहे ।
उनकर जनकपुर जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे शुक के दिने कोरोना पोजिटिभ देखल गईल बा ।
मृत्यु के बाद उनकर कोभिड व्यवस्थापन नियम बमोजिम शुक के दिने लास व्यवस्थापन कईल बा । एकरा सँगे धनुषा मे कोभिड १९ से मृत्यु होखेवाला के संख्या १३ पुगल बा ।






