पत्रकार महासंघ बारा पत्रकार के कोरोना बिमा कईलख

प्रभु यादव
बारा १९ भादो
नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा जिल्ला मे कृयाशिल पत्रकार तथा संचारकर्मीलोग के कोरोना बीमा कईले बा ।
बिश्वब्यापी रुप मे फईलल कोरोना के डर सँगे पत्रकार तथा संचारकर्मीलोग भी मैदान मे उतरके जोखिम सहत समाचार संकलन करेके बाध्याता के ध्यान मे राख के बीमा कईल बा ।
बितल सावन ५ गते कोरोना बीमा के खातिर पत्रकारलोग के आह्वान कईल मुताविक नागकिरता के फोटोकपी प्राप्त भईल बारा के पत्रकार तथा संचारकर्मीलोग के बीमा कईल नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा के अध्यक्ष कमलकुमार उपाध्याय जानकारी देहनी ।
खुद आवद्ध बारा के सब से पहिलका कृपा दैनिक पत्रिका से आर्थिक श्रोत जुटाके सिद्धार्थ इन्सोरेन्स मे बीमा कईल उ बतवनी । कोरोना बीमा कोरोना संक्रमित भईला पर एक लाख रोपेया मिलेके अध्यक्ष उपाध्याय बतवनी ।
कोरोना के कहर मे पत्रकार महासंघ संचारकर्मीलोग के खातिर मास्क, सेनिटाइटर लगायत के स्वास्थ्य सामानसब भी उपलब्ध करावत आईल अध्यक्ष उपाध्याय बतवनी ।
एहितरे बारा के कृपा दैनिक पत्रिका आपन पत्रकार तथा कर्मचारीलोग के भी कोरोना बीमा कईले बा ।
दैनिक मे आवद्ध दु दर्जन से बेसी पत्रकार एवम् कर्मचारीलोग के कोरोना बीमा कईल कृपा दैनिक के प्रकाशक सबिता चालिसे बतवनी ।






