दलित संघर्ष समिति बारा कलैया मे बिरोध जुलुस सहित प्रदर्शन कईलख

प्रभु यादव

बारा १९ भादो

बारा के सदरमुकाम कलैया मे आजु दलित संघर्ष समिति बारा रौतहट गरुडा मे भईल दलित हत्याकाण्ड के बिरुद्ध मे जुलुस निकलले बा ।

दलित संघर्ष समिति बारा के संयोजक दशरथ राम के नेतृत्व मे रामजानकी मन्दिर कलैया के प्राङ्गण से निकलल जुलुस कलैया बजार परिक्रमा करके जिल्ला प्रशासन कार्यालय अगाडी पुग के समापन भईल रहे ।

प्रशासन अगाडी जुलुस मे सहभागी युवालोग गरुडा प्रहरी मुर्दावाद, प्रहरी नायब उपरिक्षक ज्ञान कुमार महतो के बर्खास्त कर, महतो के फासी दे, पिडीत के न्याय दे, मानव अधिकार के रक्षा कर, दलित समुदाय उपर श्रृंखलाबद्ध सांघातिक हमला बन्द कर कहत कडा नाराबाजी कईले रहे ।

दलित संघर्ष समिति के संयोजक दशरथ राम, सहसंयोजक तारा राम, सचिव राज नारायण राम, राष्ट्रिय दलित आयोग के पुर्व सदस्य बिक्रम राम, दलित अगुवा महन्थ राम संयुक्त रुप मे दलित हत्याकाण्ड के दोषी के हदै तक के कारवाही कर, पुलीस हिरासत मे हत्या कईल बिजय राम आ निरञ्जन राम समेत के साँस्कृति शहिद घोषणा कर, तथा पिडीत परिवार के न्यायोति क्षतिपूर्ति के व्यवस्था करे खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मार्फत समाननीय प्रधानमन्त्री के ज्ञापन पत्र बुझवले रहे ।

ज्ञापन पत्र नेपाल सरकार गृहमन्त्रालय आ प्रदेश नं. २ के मुख्य मन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय मे बोधार्थ कईल रहे ।

संघर्ष समितिद्वारा आयोजना कईल बिरोध कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद सुन्दर बहादुर विश्वकर्मा आपन समर्थन जनवले रहनी । दलित समुदाय उपर घटल अईसन घटनासब मे सडक आ सदन दुनु से संघर्ष करेके बतवनी ।

संघीय सरकार आ प्रादेशिक सरकार से मानव अधिकार संरक्षण संवद्र्धन के खातिर प्रयाप्त कानुन बनईला पर भी ओकरा के कार्यान्वयन करेवाला के नियत ठीक ना रहला से अईसन घटनासब बारम्बार होरहल बतवनी ।

ज्ञापन पत्र बुझवला के बाद कलैया के भरत चौक मे पुगके कोण सभा भईल रहे ।

दशरथ राम के अध्यक्षता मे भईल कोण सभा मे दलित संघर्ष समिति बारा के सचिव राज नारायण राम, नन्दलाल राम, रामशरण पासवान, उपेन्द्र पासवान बिनोद पासवान, बृजकिशोर राम, सुनिल राम, बिरेन्द्र राम, बिनोद राम, धर्मेन्द्र राम, महेश बिश्वकर्मा लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।