वीरगंज १८ जने मे कोराना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज २० भादो

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे ५ सय ८० जने के स्वाब परीक्षण कईला पर १८ जने मे मात्र कोरोना संक्रमण मिलल बा ।

शुक के रात पर्सा आ बारा के ५ सय ८० जने के स्वाब परीक्षण कईला पर १८ जने मे मात्र संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।

संक्रमण पुष्टि भईल मेसे पर्सा के ६ जने मात्र बाडन । बाँकी १२ जने बारा के बाडन ।

पर्सा मे शुक के रात थपाईल ६ संक्रमित मेसे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ५, १३ आ १४ मे घर भईल नबिल बैंक वीरगंज शाखा के ३ जने कर्मचारी आ पर्सागढी नगरपालिका के अनेकन वार्ड के ३ जने रहल डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।

६ जने थपईला सँगे पर्सा मे संक्रमित के संख्या २ हजार ३ सय ७७ पुगल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

एहितरे बारा जिल्ला मे शुक के रात नेपाली सेना के ३ जने, नेपाल पुलीस के ३ जने करके १२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जितपुर स्थित नेपाली सेना के ब्यारेक के ३ जने पुरुष सैनिक आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कार्यरत ३ जने पुलीस मे संक्रमण पुष्टि भईल डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।