हुलाकी सडक के कालिका बानिया जे भि के महाप्रबन्धक ईन्द्र बानियाँ द्वारा निरिक्षण, चार महिना भितर सभी काम पुरा करेके प्रतिबद्धता

मेघराज राय
जीराभवानी २० भादो
नेपाली कांग्रेस बाग्मती प्रदेश के संसदीय दल के नेता एवम् नेपाली कांग्रेस मकवानपुर के जिल्ला सभापति इन्द्र बानियाँ ठोरी मे निर्माण हो रहल हुलाकी सडक के स्थलगत निरीक्षण तथा अनुगमन कईले बानी ।
बानियाँ जे भि के ठेकेदार ऋषि बानियाँ तथा प्राविधिक सहित के टोली के साथ बानियाँ पहिलका बेर स्थलगत अनुगमन तथा निरीक्षण कईले बानी । पुर्व गृह राज्य मन्त्री भी रहल बानियाँ के ठोरी मे नेपाली काँग्रेस स्वागत भी कईले रहे ।
हुलाकी सडक के अनुगमन तथा निरीक्षण के बाद नेपाली कांग्रेस द्वारा आयोजना कईल स्वागत कार्जक्रम मे बोलत नेता बानियाँ खुद ठोरी के सडक के निरीक्षण आ काम के प्रगति के बारे मे बुझे खातिर ठोरी आईल बतावत बेसी मे ४ महिना भितर कार्य सम्पन्न होखेवाला किसिम से काम कर रहला से स्थानीय तवर से जरुरी पडेवाला सहजोग करे खातिर निहोरा कइनी ।
हुलाकी सडक से ठोरीबासी के स्तर वृद्धि होखेके बतावत नेता बानियाँ ठोरी के भविष्य उज्ज्वल रहल आ ठोरी केरुङ मार्ग भी बनेके बिश्वास व्यक्त कइनी ।
छोटा छोटा बातसब मे बिवाद ना करे खातिर निहोरा करत ठेकेदार कम्पनी से कईल काम मे निगरानी करेके उ बतवनी ।
मूल उद्देश्य सडक निर्माण काम भईला से सहायक बातसब मे ठेकेदार कम्पनी के ना अडकावे खातिर भी नेता बानियाँ स्थानीयलोग से निहोरा कईले रहनी ।
स्वागत कार्जक्रम मे बोलत नेपाली काँग्रेस महासमिति सदस्य बृहस्पति कृष्ण श्रेष्ठ लम्हर समय के बाद ठोरीबासी विद्युत आ सडक के उपभोग करेके मौका मिलल बतावत हुलाकी सडक के काम गुणस्तरीय होखेके बात मे जोड देहनी ।
कार्जक्रम मे वार्ड नं २ के सदस्य एवम् नेपाली कांग्रेस के नेता अमृत कृष्ण सापकोटा आपन वार्ड भितर हुलाकी सडक बाहेक के बिकास के कामसब मे भी सहजोग मिलेमे खुद आशावादी रहल बतावत ठेकेदार कम्पनी के रुप मे मात्र खुद के प्रस्तुत ना करके समाजसेवा के भावना से भी निर्माण कम्पनी काम करेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
नेपाली काँग्रेस ठोरी वार्ड नं २ के सभापति रामकृष्ण पन्त के सभापतित्व मे पुरा भईल स्वागत कार्जक्रम मे नेता बानिया के महासमिति सदस्य श्रेष्ठ खादा ओढाके स्वागत कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य नेपाली काँग्रेस पर्सा के सदस्य प्रकाश खनाल कईले रहनी आ ठोरी गा पा वार्ड नं १ के अध्यक्ष रामप्रकाश कुँवर आपन बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के युवा नेता अर्जुन बस्नेत धन्यवाद मन्तव्य रखले रहनी ।





