खातुन के आर्थिक सहजोग

काठमाण्डु, २१ भादो

संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयन मन्त्री योगेशकुमार भट्टराई आपन जन्मदिन के अवसर मे एसिड पीडित लइकी मुस्कान खातुन के आर्थिक सहजोग कईले बानी ।

उ लइकी के अध्ययन मे आउर सहजोग पुगो कहके ध्येय से रु ५० हजार प्रदान कईले बानी ।

मन्त्री भट्टराई लइकी आ उनकर बाबु के सिंहदरवारस्थित आपन कार्यकक्ष मे आजु आमन्त्रण करके सहजोग कईले बानी ।

बितल भादो २० गते घर से विद्यालय जारहल समय वीरगंज मे लइकी उपर दु युवा एसिड प्रहार कईले रहलन । एसिड प्रहार से घायल उनकर अभी भी ईलाज चल रहल बा । उ किलास ९ मे अध्ययनरत बाडि ।

उ अवसर मे मन्त्री भट्टराई कहनी कि, “हमरा विश्वास बा, अपने भविष्य मे डाक्टर बनेम । हम अभी देहल सहजोग बैंक मे जम्मा करके बिहान डाक्टर पढेके समय मे खर्च करिह ।”

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली कुछ दिन पहिले लइकी खातुन के बालुवाटार मे आमन्त्रण करके शिक्षा के खातिर जरुरी प्रबन्ध करेके जानकारी देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।