बारा के प्रसौनी मे ५३ जने कईलें खुनदान

प्रभु यादव

बारा २१ भादो

लकडाउन के समय मे जिल्ला अस्पतालसब मे खुन के कमी के मध्यनजर करत नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्वर ५ आ ६ के सयुक्त आयोजना मे आजु भईल कार्जक्रम मे ५३ जने खुनदान कईले बानी ।

रक्त सञ्चार केन्द्र पर्सा के प्राविधिक सहजोग मे भईल कार्जक्रम के बारा क्षेत्र नम्वर ४ के प्रदेश सभा सदस्य के प्रत्यासी उम्मेदवार एव नेकपा के युवा नेता उमेश कुशवाहा खुनदान करके उदघाटन कईले रहनी ।

से जारी कईल स्वास्थ्य मापदण्ड मुताविक सामाजीक आ भौतिक दुरी कायम करत खुनदान कार्जक्रम कईल गईल युवा नेता कुशवाहा बतवनी ।

प्रसौनी गा.पा. वार्ड नम्वर ६ बजार मे भईल कार्जक्रम मे खुनदान करेवाला दातालोग के नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष अनिल श्रेष्ठ धन्यबाद ज्ञापन कईले रहनी । कार्जक्रम मे नेकपा नेता देवनरायण चौधरी, अर्जुन शार्मा, बिनोद पटेल, अमर यादव, रामपाल यादव, उमेश गुप्ता, दिपेन्द्र कुशवाहा, सतोष साह, लाल बाबू मुखिया, राम यादव, सरोज साह, अरबिन्द गुप्ता, सन्देश साह, वार्ड अध्यक्ष बृजकिशोर कुशवाहा लगायत के सक्रिय सहभागीता रहल रहे ।

कार्जक्रम मे राईजिङ्ग प्रस्टोका युवा क्लब आ सेभ आवर हेरिटेज फउन्डेशन संस्था सहजोग कईले रहे ।

जिरजोधन चौधरी से धन्यवाद ज्ञापन कईल कार्जक्रम मे रक्तसंचार केन्द्र के प्राविधिक धिरेन्द्र झा के टोली प्रविधिक सहजोग कईले रहनी ।

एकरा से पहिले शुक के दिने नेपाल कम्यूनिष्ट पार्टी (नेकपा) परवानिपुर गाँवपालिका से आयोजना कईल कार्जक्रम मे ५ जनानी सहित १७६ जने खुनदान कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।