वीरगंज मे “प्लाज्मा” देहल कोरोना संक्रमित के मृत्यु

वीरगंज २१ भादो,

वीरगंज मे “प्लाज्मा थेरापी” विधि से ईलाज कईल कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । चक्रघट्टा गाँवपालिका–३ सुन्दरपुर, सर्लाही के ३५ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।

नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे ईलाज के समय मे एतवार के दिने मृत्यु भईल अस्पताल के प्रवक्ता बरिष्ठ चर्मरोग विशेषज्ञ डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसिया जानकारी देहनी ।

बोखार, स्वास प्रश्वास मे समस्य लेके भादो ३ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कडा किसिम के कोभिड निमोनिया देखल गईल रहे । उनका १४ गते प्लाज्मा देहल गईल रहे ।

उ वीरगंज मे प्लाज्मा थेरापी से ईलाज सुरु कईल पहिलका संक्रमित रहनी । प्लाज्माथेरापी के बाद स्वास्थ्य मे सुधार आईल रहे ।

माकिर ईलाज के समय मे मुटु मे भी समस्या देखल गईल । मुटु मे समस्या जटिल बन के उनकर मृत्यु भईल ईलाज मे संलग्न चिकित्सक डाक्टर उदय नारायण सिंह बतवनी ।

उ कहनी कि, अचानक अवस्था विगडल जानकारी मिलला के बाद पीपीई पहिने जाईं कि ईलाज करे जाई कहके भईल । पीपीई ना पहिन के मरेजी के भेन्टिलेटर मे रखनी, सिपीआर कइनी, माकिर बँचावे ना सकल गईल” कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।