वीरगंज मे कोरोना संक्रमित पुरुष के मृत्यु

वीरगंज २२ भादो
वीरगंज मे कोरोना संक्रमण के चलते आउर एक जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–३० लालपर्सा के ५४ बरीस के पुरुष के वीरगंज हेल्थकेयर कोभिड अस्पताल के आईसीयू मे ईलाज के समय मे सोमार के दिन के १ बजे मृत्यु भईल बा ।
अस्पताल के चिकित्सक डा. नौसाद अली के मुताविक मधुमेह, उच्च रक्तचाप, दम आ मृगौला रोग से ग्रसित उनका के कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद भादो १५ गते नारायणी अस्पताल कोभिड अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे पठवले रहे ।
वीरगंज हेल्थ केयर मे ३ बेर मृगौला के डायलायसिस भी कईल रहे । माकिर अनेकन दीर्घ रोग से ग्रसित उनका मे कोभिड निमोनिया देखल गईल रहे । ईलाज के बाद भी स्वास्थ्य मे सुधार आवे ना सकल ईलाजज मे संलग्न चिकित्सक बतवले बाडन ।
‘फुल अक्सिजन देके आईसीयू मे राखल रहे, १२ बजे के समय मे बेसी समस्या होखे लागल’ कहत डा. अली ‘सीपीआर करेसे लेके गम्भीर अवस्था से बाहर लियावे खातिर एक घण्टा तक कोशिस कईल गईल । माकिर बँचावे ना सकल गईल ।’
एकरा सँगे वीरगंज मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ५९ पुगल बा । सावन एने मे मात्र ५३ जने के मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु भईल ५९ जने मेसे पर्सा के ४२ जने, बारा के १२ जने, रौतहट के ४ जने आ सर्लाही के १ जने बाडन । दु जने के ठेगाना खुलल नइखे ।






