चोरी आरोप मे भाई बहिन सहित चार जने पकडईलें

सप्तरी २३ भादो

सप्तरी मे पुलीस चोरी कईल नगद तथा अनेकन सामान सहित चार जने के पकडल गईल बा ।
पकडाएवाला मे राजविराज नगरपालिका ६ रहेवाला सैनी कहेवाला सनिया मण्डल, उनकर बहिन ज्योति मण्डल, वार्ड नम्बर ४ के समीम अन्सारी आ रुपनी गाँवपालिका ४ रहेवाला लाल महम्द राइन बानी ।

ई चार जने मेसे सनिया चोरी करेके, उनकर बहिन से चोरी कईल सामान आ नगद लुकावेके, समीम नगद आ सामान राखल जगहा मे पहरा देवेके आ अन्सारी सनिया चोरी करे लागला पर बाहर रहके पहरा देवेके काम कईल पुलीस जनवले बा ।

एतवार के रात राजविराज ७ गुदरीलाइन के ओमप्रकाश साह के २ तले पक्की घर मे रहल गणेश स्टोर नाम के किराना दोकान के १ लाख ५० हजार रोपेया के रिजार्च कार्ड आ करिब ४ लाख रोपेया चोरी भईल रहे ।

पुलीस साह के दोकान मे लागल सिसिटिभी फुटेज के आधार मे चोरी करेवाला के पहिचान करके खोजतलास कईला पर सनिया के पकडके पुछपाछ कईले रहलन ।

पुछपाछ के समय मे उ चोरी कईल नगद तथा रिचार्ज कार्ड राजविराज– ४ के अनिल कुमार सहनी के घर मे राखल बयान देहला के बाद सहनी के घर मे खानतलासी कईला पर सामान मिलल रहे ।

चोरी भईल कुछ नगद सहनी के मेहरारु ज्योति कुमारी मण्डल (सोनिया के बहिन) खुद से सञ्चालन कईल राजविराज– २ स्थित दारु दोकान मे लुकावल बयान देहल पुलीस के कहनाम बा ।

दारु दोकान मे खानतलासी कईला पर दोकान मे रहल राजबिराज ४ रहेवाला समिम अन्सारी के चोरी भईल नगद राखे देहल भेद खुलल सप्तरी के पुलीस प्रवक्ता तिलक भारती बतवनी ।

अन्सारी दारु दोकान के पूर्वओरी रहल झुपडी मे खान्ता खोनके कपडा से लपेटके लुका के राखल अवस्था मे नगद मिलल उ बतवनी ।

उलोग के साथ से भारतीय रोपेया १ लाख ३४ हजार ५०, नेपाली रोपेया १ लाख ४४ हजार ८ सय १५ आ रु ५० हजार ५० बराबर के रिचार्ज कार्ड बरामद भईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।