वीरगंज मे कईल परीक्षण मे २९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि
वीरगंज २३ भादो
वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे २९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । सोमार के दिने ५ सय ८० गो स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर २९ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
थपाईल संक्रमित मेसे पर्सा के १३ जने, बारा के ९ आ रौतहट के ७ जने बाडन । १९ से ६० बरीस उमिर समूह के संक्रमित मेसे ८ जने जनानी रहल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता बरिष्ठ चर्मरोग विशेषज्ञ डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसिया जानकारी देहनी ।
पर्सा के १३ जने मेसे कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ आ ५, वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १२, १३ आ १६ के १÷१ जने बाडन । तराई अस्पताल के ३ जने, आर्मी ब्यारेक के १ जने आ सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. २ के २ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
वीरगंज हेल्थ केयर से पठावल गईल स्वाब नमुना मेसे बारा के २ आ पर्सा के १ जने मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
एहितरे, बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ७ आ १६ मे १÷१ जने, बारागढी गाँवपालिका वार्ड नं. ६ मे २ जने, वार्ड नं. ३ आ ४ मे १÷१ जने, सुवर्ण गाँवपालिका वार्ड नं. ७ मे १ जने आ इलाका प्रहरी कार्यालय बारागढी के १ जने मे संक्रमण देखल गईल अस्पताल जनवले बा ।
एहितरे, रौतहट के गरुडास्थित इलाका प्रहरी कार्यालय से पठावल गईल स्वाब नमुना मेसे ७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।






