फेसबुक मे सांसद आ मेयर के अश्लील शब्द प्रयोग कईल आरोप मे एक जने पकडईलें

वीरगंज २४ भादो
सामाजिक सञ्जाल फेसबुक मे पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव आ वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजयकुमार सरावगी के अश्लील शब्द प्रयोग कईल आरोप मे एक जने पकडाईल बाडन ।
पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–२ छपकैया रहेवाला २६ बरीस के असलम अन्सारी रहल बाडन । उ महानगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा मे करार मे राखल कर्मचारी रहल पुलीस जनवले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यलय पर्सा मे उनका विरुद्ध सार्वजनिक शान्ति विरुद्ध के कसुर मुद्धा दर्ता कईल बा ।
सांसद यादव आ नगरप्रमुख सरावगी के अश्लील शब्द प्रयोग करके सामाजिक सञ्जाल फेसबुक मे पोष्ट कईल आरोप मे उनका के पुलीस पकडले रहे ।
मोबाइल मे नक्कली फेसबुक मे आईडी बनाके सांसद् यादव आ नगरप्रमुख सरावगी के तस्वीर राखत अश्लिल शब्द प्रयोग करके पोष्ट लिखल पुलीस के दाबी बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता मनोजित कुँवर उनका के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान हो रहल बतवनी ।
‘पोष्ट करे खातिर उनकर मोबाइल प्रयोग भईल देखल गईल बा । दोसर के संलग्नता भी हो सकता,’ कहत उ, ‘पुछपाछ के खातिर पुलीस पुगला पर उल्टे वादविवाद कईला के बाद पकड के लियावल गईल बा ।’






