धनुषा मे मृत्यु भईल पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

जनकपुरधाम २५ भादो
धनुषा मे मृत्यु भईल एक पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । बुध के दिने सबेरे मृत्यु भईल पुरुष मे बियफे के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जिल्ला के औरही गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ निवासी ६० बरीस के पुरुष के श्वास प्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद बितल मंगर के दिने जनकपुरधामस्थित प्रादेशिक अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।
उनकर ईलाज के समय मे बुध के दिने मृत्यु भईला के बाद स्वाब लेके परीक्षण कईल रहे ।
परीक्षण कईला पर उनकर कोरोना रिपोर्ट पोजेटिभ आईल प्रदेश के स्वास्थ्य निर्देशनालय के निर्देशक विजय झा जानकारी देहनी ।
एकरा सँगे धनुषा मे कोरोना संक्रमण पुष्टि होके मृत्यु होखेवाला के संख्या १३ पुगल बा ।






