पत्रकार साह के हत्या आरोपी १३ बरीस के बाद पकडईलें

बारा २५ भादो

बारा के पत्रकार वीरेन्द्र साह के हत्या मे संलग्न चउथका आरोपी बियफे के दिने पकडाईल बाडन । बारा के महागढीमाई नगरपालिका–२ तेलकुवा के ४५ बरीस के हरेराम पटेल के पुलीस पकडले बा ।

कोल्हवी नगरपालिका–४ सपही टोल से पटेल के बियफे के दिन के साढे २ बजे पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक कृष्ण पंगेनीले जानकारी देहनी ।

पत्रकार साह के हत्या आरोप मे एकरा से पहिले तीन जने पकडा चुकल बाडन । ‘चउथका अभियुक्त हरेरराम पटेल के भी पकडेमे सफल भईल बानी । जरुरी कारबाही के खातिर अदालत पठावल जाई’ पंगेनी कहनी ।

१८ कुवार २०६४ मे तत्कालीन नेकपा माओवादी के कार्यकर्ता के अपहरण मे पडल पत्रकार वीरेन्द्र साह के डुमरवानास्थित जंगल मे खान्ता खोन के हलावल अवस्था मे लास मिलल रहे ।

पत्रकार साह के हरेराम पटेल, कुन्दन फौजदार कहेवाला नरेन्द्रकुमार फौजदार, राम एकवाल सहनी आ मनेजर गिरी समेत ५ जने अपरहण करके हत्या कईल आरोप लागल रहे । उलोग गोली मारके हत्या कईला के बाद पत्रकार साह के लास जंगल मे खान्ता खोन के हलावल पुलीस के निश्कर्ष रहे ।

पकडाईललोग के काथि कारबाही भईल ?
पत्रकार साह के हत्या के आरोप मे तत्कालिन इनर्वासिरा गाविस–९ के मनेजर गिरी २०६५ कुवार १९ गते आ बारा के खोपवा गाविस–८ रहेवाला राम एकवाल सहनी २०६५ पुस २१ गते पकडाईल रहलन । उलोग दुनु जने के अदालत जन्मकैद के फैसला सुनवले बा ।

एहितरे साविक के बारा गडहल–५ रहेवाला कुन्दन फौजदार कहेवाला नरेन्द्र फौजदार २०७६ फागुन २५ गते पकडके अभी पूर्पक्ष के खातिर कारागार चलान कईल बा ।

बारा जिल्ला अदालत के २०६८ जेठ १६, पुनरावेदन अदालत हेटौंडा के २०६९ सावन १६ आ सर्वोच्च अदालत के २०७३ पुस २० गते के फैसला आदेश से अभियुक्त हरेराम पटेल कहेवाला हरेराम प्रसाद कुर्मी के हक मे फरार करार करके मुद्दा मुल्तबी मे राखल रहे ।

माकिर बारा पुलीस बियफे के दिने चोरालुका के रहत बाडन कहके सूचना के आधार मे पकडले बा । जरुरी प्रक्रिया पुगाके बारा जिल्ला अदालत मे पेश करेके पुलीस जनवले बा । साह के हत्या के आरोपी लालबहादुर चौधरी धामी अभी भी पकडाए नइखन सकल ।

उ समय साह एभिन्यूज टेलिभिजन, दृष्टि साप्ताहिक आ नेपाल एफएम मे आवद्ध रहनी । उ तत्कालिन नेकपा (एमाले) निकट के पत्रकारलोग के संगठन प्रेस चौतारी नेपाल के केन्द्रीय सदस्य भी रहनी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ घटना के बारे मे अध्ययन करे खातिर गठन कईल टोली २०६४ साल २३ कुवार मे काठमाण्डु मे पत्रकार सम्मेलन करके साह के अपहरण तत्कालिन नेकपा (माओवादी) से कईल निश्कर्ष सहित के प्रतिवेदन सार्वजनिक कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।