पर्सा मे १५२ जने के परीक्षण कईला पर ५ जने मे मात्र कोरोना संक्रमण

वीरगंज ३१ भादो
पर्सा मे बुध के दिने ५ जने मे मात्र कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पताल के प्रबक्ता बरिष्ठ चर्मरोग विषेशज्ञ डाक्टर अतुलेशकुमार चौरसिया के मुताविक पर्सा के १५२ जने के परीक्षण कईला पर ५ जने मे मात्र कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल स्थित पीसीआर प्रयोशगाला मे मंगर के दिने २ सय ८ जने के स्वाब नमुना के परीक्षण कईला पर ५ जने मे मात्र संक्रमण पुष्टि भईल आ उलोग के पाँचु जने पर्सा के रहल चौरसिया बतवनी । २ सय ८ स्वाब नमुना मेसे १५२ गो स्वाब नमुना पर्सा के रहलन ।
वीरगंज–४ के २६ बरीस के, बहुदरमाई नगरपालिका के २१ बरीस के जनानी आ ४७ बरीस के पुरुष, पर्सागढी नगरपालिका के ४१ बरीस के पुरुष आ नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उनकर कहनाम बा ।
नारायणी अस्पताल के इर्जेन्सी वार्ड से दु जने के स्वाब नमुना संकलन कईल रहे । उलोग के जीन एक्सपर्ट विधि से कोरोना परीक्षण कईला पर एक जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । रौतहट के बागमती के ७० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल प्रयोगशाला जनवले बा ।
बुध के दिने ५ जने संक्रमित थपईला सँगे पर्सा मे संक्रमित के संख्या २ हजार ४ सय ५६ पुगल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा से देहल जानकारी मुताविक संक्रमित मेसे १ हजार ८ सय ३७ जने ठिक भईल बाडन । ईलाज के समय मे ४३ जने के मृत्यु भईल बा । पर्सा मे कोभिड अस्पताल, होम आइसोलेसन आ सामुदायिक आइसोलेसन मे करके १५२ जने मात्र सक्रिय संक्रमति रहल बाडन ।
गण्डक कोभिड अस्पताल के आइसोलेसन मे ३७ जने, होम आइसोलेसन मे २१ जने आ जिल्ला के अनेकन जगहा के सेमी आ सामुदायिक आइसोलेसन ८९ जने मात्र संक्रमित बाडन । नयाँ संक्रमित मिलेके क्रम घटत गईल आ ठिक होखेवाला के संख्या बढत गईला के बाद वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल खाली भइल बा ।
वीरगंज के अवस्था सुधारउन्मुख देखल गईल बा । सावन १० गते से लगावल निषेधाज्ञा ३१ गते तक के खातिर जारी बा । माकिर भादो १९ गते से हि सहज बनावल निषेधाज्ञा मे २६ गते से शनिचर के बाहेक हप्ता मे ६ दिन वीरगंज मे बजार खोले देखल गईल बा ।
११ दिन मे ८४ मात्र संक्रमित थपईलें, ३४५ जने कोरोना जितले
सावन पहिलका हप्ता से कोरोना संक्रमण के हटस्पट बनल पर्सा जिल्ला मे भादो तिसरका हप्ता एने से संक्रमण के अवस्था सुधारोन्मुख देखल गईल बा ।
भादो २० से ३० गते रात तक (११ दिन के समय मे) ८४ जने मात्र संक्रमित थपाईल बाडन । उ ११ दिन के समय मे ३ सय ४५ जने संक्रमित कोरोना मुक्त होके घर गईल बाडन ।
नयाँ संक्रमित के संख्या घटत गईल आ ठिक होखेवाला के संख्या बढत गईला के बाद वीरगंज मे रहल २ मेसे एक कोभिड अस्पताल खाली भइल बा ।
संक्रमण के अवस्था सुधारउन्मुख देखल गईला के बाद वीरगंज मे सावन १० गते से लगावल गईल निषेधाज्ञा भादो २६ गते से सहज बनावत शनिचर के बाहेक हप्ता मे ६ दिन बजार खोले देहल गईल बा ।






