पर्सा, बारा आ सर्लाही के आउर ५२ जने मे कोरोना, ४ महिने बच्चा भी संक्रमित

वीरगंज ०३ कुवार

वीरगंज मे कईल परीक्षण मे ५२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल स्थित पीसीआर प्रयोगशाला मे १ सय ९२ गो स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर ११ जनानी सहित ५२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

अस्पताल के प्रवक्ता एवम् वरिष्ठ चर्म रोग विशेषज्ञ डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसिया के मुताविक संक्रमितलोग ४ महिना के बच्चा से ६८ बरीस उमिर समुह के रहल बाडन ।

सब से बेसी बारा मे ४५ जने मे, पर्सा मे ६ जने आ सर्लाही के एक जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

पर्सा मे वीरगंजस्थित बाल सुधार गृह के तीन जने, वीरगंज–३ आ वीरगंज–१९ मे १÷१ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । दोसर एक जने संक्रमित के वार्ड खुलल नइखे ।

एहितरे बारा के बारागढी गाँवपालिका स्थित इलाका प्रहरी कार्यालय बारागढी के ८ जने, उहे गाँवपालिका के अस्थायी प्रहरी चौकी के १ जने, बारागढी के सुखीपठार के २ जने आ श्रीपुर के १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे कलैया उपमहानगरपालिका के ३३ जने आ महागढीमाई के १ जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
एहितरे सर्लाही के एक जने मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।