संविधान दिवस मनावे के समय आईल नइखे : मुख्यमन्त्री राउत

जनकपुरधाम ३ कुवार,

आज संविधान दिवस देशभर मना रहल समय प्रदेश २ सरकार संविधान दिवस मे मौन रहल जनावल गईल बा ।
सरकार के कर्मचारी केन्द्रीय सर्कुलर के मान के राष्ट्रिय झण्डा फहरावेके आ दीपावली मनावेके भईला पर भी सरकार के प्रतिनिधि मौन रहल बाडन ।

दिवस के अवसर मे प्रदेश मन्त्रिपरिषद् बईठक से कउनो कार्जक्रम भी तय कईले नइखे ।

प्रदेश सरकार के मुख्य सचिव अर्जुन प्रसाद पोखरेल ई बेर मन्त्रिपरिषद के निर्णय से कउनो भी कार्जक्रम निर्धारण ना कईल बतवनी । उनका मुताविक केन्द्र से घोषित कार्जक्रम मुताविक राष्ट्रिय झण्डा फहरावेके आ सँझिया दीपावली कईल जाई ।

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत संविधान ‘सेलिब्रेसन’ करेके समय ना आईल बतवले बानी । संविधान दिवस मनावे के सन्दर्भ मे सञ्चारकर्मी से राखल सवाल मे मुख्यमन्त्री राउत संक्षिप्त मे कहनी कि, ‘सेलिब्रेसन करेके समय ना अईला से प्रदेश सरकार कउनो कार्जक्रम ना करी ।’

संविधान दिवस के अवसर मे बितल बरीस कुवार २ गते डेंगु रोग के बारे मे जनचेतना फईलावत जनकपुरधाम के जिरोमाइल चोक से बसपार्क तक सरसफाइ कईल रहे ।

कुवार ३ गते सबेरे प्रभातफेरी आ ४ गते मधेश भवन परिसर भितर सरसफाइ तथा वृक्षारोपण कईल रहे । यद्यपि ई कार्जक्रम मे सरकार के मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रीलोग सहभागिता जनवले ना रहलन ।

उ कार्जक्रम प्रदेश मन्त्रिपरिषद् के बईठक से निर्धारण कईल रहे । माकिर ई बेर मन्त्रिपरिषद् बईठक से भी कउनो कार्जक्रम निर्धारण कईले नइखे ।

ई प्रदेश के सत्तासिन पार्टी जनता समाजवादी पार्टी के नेतृत्व से संविधान दिवस के दिन शान्तिपूर्ण रुप मे प्रदर्शन करे खातिर नेता÷कार्यकर्ता के आह्वान कईले बाडन ।

ई आह्वान के बाद आजु प्रदेश २ के आठ गो जिल्ला मे ई पार्टी के नेता÷कार्यकर्तालोग बिरोध प्रदर्शन करेके भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।