ओबिसी पर्सा के संगठन विस्तार

वीरगंज १० कुवार
अखिल नेपाल पिछडा वर्ग ओविसी पर्सा आजु आपन समिती बिस्तार कईले बा । पर्सा अध्यक्ष अकलेश साह के अध्यक्षता एवं ओविसी महासंघ के महासचिव तेजप्रकाश निषाद के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल बईठक से ५ जने के सदस्य मे मनोनित कईले बा ।
बईठक से दिपेन्द्र साह, दिपेन्द्र सिंह पटेल, राजन कुमार कानु, धर्मनाथ कुशवाहा आ बिनोद यादव के सदस्य मे मनोनित कईले बा ।
बईठक से राकेश साह के प्रेस संयोजक के जिम्मेवारी देहले बा । बइठक से सरसफाई कार्जक्रम, संगठन बिस्तार आ दशहरा के शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम करेके निर्णय कईले बा ।
बईठक मे उपाध्यक्ष धर्मेन्द्र पटेल, बिकाश पटेल, सह सचिव राजन साह, रुपेश कुमार रौनियार, नगर उपाध्यक्ष रामकुमार पटेल, सिद्धार्थ गुप्ता, आकाश गुप्ता, प्रिन्स गुप्ता, बिनोद यादव, राजन कुमार कानु, दिपेन्द्र सिंह पटेल लगागत के सहभागिता रहल रहे ।






